ब्रह्मेश्वर मुखिया के अंतिम संस्कार पटना बाँस घाट पर
-

आजु सबेरे साढ़े नौ बजे आरा से ब्रह्मेश्वर मुखिया के मजल लेके लोग पटना खातिर रवाना हो गइल. एह मजल में सौ से बेसी गाड़ी आ हजारन लोग शामिल बा. रास्ता में अउरियो लोग एह मजल में शामिल होखत जाई आ पटना चहुँपत चहुँपत एहमें लाखन लोग के शामिल हो जाए के अनेसा प्रशासन के बा. सुरक्षा खातिर चौकन्ना प्रशासन कवनो चूक नइखे होखे दिहल चाहत काहे कि ओकरा बाद हालात सम्हारल मुश्किल हो जाई.

बाँसघाट पर साँझ घरी ब्रह्मेश्वर मुखिया के आग दिहल जाई. आरा से लगाइत पटना ले चप्पा चप्पा पर पुलिस मुस्तैद बिया. बिहार में सगरो पुलिस प्रशासन के चौकन्ना करा दिहल गइल बा.

नक्सली आतंक का खिलाफ बनल रणवीर सेना के मुखिया ब्रह्मेश्वर मुखिया पर साल 1994 से लिहले साल 2002 क बीच करीब अढ़ाई सौ लोग के हत्या के दू दर्जन से बेसी मामिला में आरोपी बनावल गइल रहे. बाकिर बाद में सुबूत ना रहला का चलते अदालत उनुका के पिछला साल जुलाई में जमानत दे दिहले रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts