भाई जी भोजपुरिया के निधन
-

BhaiJiBhojpuria

चालीसो बरीस से अधिका से भोजपुरी के बढ़ावे में लागल भाईजी भोजपुरिया के असल नाम बैद्यनाथ तिवारी (बीएन तिवारी) रहुवे बाकिर भोजपुरी दुनिया उनुका के भाईएजी के नाम से जानत रहुवे. भोजपुरी के एह समर्पित पुरोधा के काल्हु रात सूतला में चिर निद्रा आ गइल आ आजु भोजपुरी जगत उनका संरक्षण से महरूम हो गइल.
ब्रह्मपुर के नंदपुर गाँव में जनमल भाईजी के निधन 74 बरीस के उमिर में अचानके भइला से सदमा अउरी गहीर हो गइल. भाई जी का बिना भोजपुरी के कवनो बड़का आयोजन ना होत रहुवे आ देश विदेश के भोजपुरी सम्मेलनन में भाई जी के कतना बेर सम्मान से नवाजल गइल रहुवे. सम्मानो उहाँ के हाथ में पड़ के अपना के सम्मानित मानत रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts