मकान के देवाल गिरला से महतारी बेटी के मौत

जौनपुर 25 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के नेवढिया इलाका के नोकरा नोनवटी गांव मे काल्हु देर रात एगो खंड़हर के देवार कच्चा मकान पर गिरला से महतारी बेटी के मौत हो गइल आ दादी घवाहिल हो गइली.

पुलिस बतावत बिया कि ब्रह्मदेव दुबे के खंड़हर के देवार उनका पडोसी जिलाजीत दुबे के कच्चा मकान पर गिर पड़ळ जवना से ओह में सूतल उनकर पतोहु तेइस साल के सपना आ सपना के दू साल के बेटी चंचल के मौत हो गइल. जिलाजीत दुबे के पत्नी केवला देवी गम्हीराहे घवाहिल हो गइल आ उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..