मध्यप्रदेश के राज्यपाल हो गइली आनन्दीबेन
-

गुजरात के मुख्यमंत्री रहल आनन्दीबेन पटेल के आजु मध्यप्रदेश के राज्यपाल पद के किरिया धरा दीहल गइल. किरिया धराई ओहिजा के हाई कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति हेमन्त गुप्ता करवलन. समारोह राजभवन में आयोजित रहल.
एह मौका पर लोकसभा स्पीकर सुमित्रा महाजन आ प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान मौजूद रहलन.
सितम्बर 2016 में पिछला राज्यपाल रामनरेश यादव के रिटायर भइला का बाद से एहिजा के राज्यपाल के काम गुजराते के राज्यपाल ओम प्रकाश कोहली का जिम्मे अतगा से रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..