महान सम्राट अशोक के 2358वीं जयंती मनावल गइल
-

SamratAshokJayanti
पिछला दिने पटना के अम्बेडकर भवन, दारोगा राय पथ में दि बुद्धिस्ट सोसायटी ऑफ इण्डिया, अशोक फाउंडेशन, समता सैनिक दल आ अखिल भारतीय सम्राट अशोक विचार मंच का ओर से महान सम्राट अशोक के 2358वीं जयंती मनावल गइल. सम्राट अशोक के चित्र का सोझा दीया जरा केएह आयोजन के उद्धाटन पूर्व डीजीपी गंगा प्रसाद दोहरे आ अशोक फाउंडेशन के अध्यक्ष निरंजन कुशवाहा कइलें.

गंगा प्रसाद दोहरे कहलन कि सम्राट अशोक के नीति आ सिद्धांतन के अपनाइए के हमनी का समाज में शांति आ भाईचारे जोगा सकीलें.निरंजन कुशवाहा पप्पू जरूरत बतवलन कि सम्राट अशोक के विचार गाँव-गाँव ले पहुँचा के फेर से नैतिक जागरण करावल जाय.

समारोह के मुख्य अतिथि हिन्दी सहित्य सम्मेलन के अध्यक्ष अनिल सुलभ कहलन कि हमनी के अपना पौराणिक मूल्य आ धरोहरन के फेरु से सरिहावे के जरूरत बा काहे कि हमनी का अपना महान पुरखन के बतावल राह से बेराह हो गइल बानी जा.

समारोह के अध्यक्षता करत दी बुद्धिस्ट सोसायटी ऑफ इण्डिया के प्रदेश अध्यक्ष श्रीनाथ सिंह बौद्ध कहलन कि महान सम्राट अशोक तथागत बुद्ध के धम्म अपना के चण्डाशोक से विगताशोक बन गइले आ यदि हमनीओ का ओह राह के अपना लीं सँ त भारत फेरू विश्व गुरू बन सकेला.

पूर्व मत्री बसावन भगत, बी0एन0 विश्वकर्मा, ब्रजकिशोर सिंह कुशवाहा, कमल प्रसाद बौद्ध, विशुनदेव महतो, अभिमन्यु सिंह, भंते ज्ञान कृति, डा0 सुशीला करूनाकर, विश्वमोहन संत , संजय भूषण वगैरह लोगो समारोह के सम्बोधित कइल.

एह अवसर पर सर्व सम्मति से 9 गो प्रस्ताव पारित भइल जवना मेश बेली रोड प बने जात संग्रहालय के नाम सम्राट अशोक के नाम पर धरे के माँग प्रमुख रहे.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..