मायावती कांग्रेस पर दलित विरोधी होखे के अछरंग लगवली
-

केन्द्र सरकार के बाहर से समर्थन देत बसपा के राष्ट्रीय अध्यक्षा मायावती काल्हु कांग्रेस पर दलित विरोधी होखे के अछरंग लगावत कहली कि जब कांशीराम के निधन भइल त एको दिन के राष्ट्रीय शोक ना घोषित कइल गइल. कहली कि ई कांग्रेस के जातिवादी सोच के सबूत ह.
काल्हु कांशीराम के सातवीं पुण्यतिथि पर दिल्ली में बहुजन प्रेरणा केन्द्र मे उनका प्रतिमा पर श्रद्धासुमन चढ़वला क बाद मायावती कहली कि अइसन युगपुरूष ला विरोधी पार्टियन खास क के कांग्रेस के रवैया बहुते जातिवादी आ उपेक्षाभरल रहल. एकरा खातिर हमनी का कबो कांग्रेस के माफ ना करब.
जाने जोग बा कि परसो कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी आरोप लगवले रहले कि मायावती कवनो दलित नेता के राजनीति मे उभरे ना दिहली.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts