मुन्नी के बदनाम करे वाल दबंग सभका के दबा दिहलसि
-

हिन्दी फिल्म “दबंग” के काल्हु भइल ५६वाँ फिल्म फेयर समारोह में सबले बढ़िया फिल्म के पुरस्कार मिलल. साथ ही ओकरा में काम करे वाला अभिनेत्री सोनाक्षि सिन्हा के सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेत्री के, “मुन्नी बदनाम हुई” गाये वाली गायिका ममता शंकर के सर्वश्रेष्ठ गायिका के, आ ओकर संगीतकार साजिद वाजिद के सर्वश्रेष्ठ संगीतकार के पुरस्कार दिहल गइल. “शीला के जवानी” गाये वाली गायिका सुनिधिओ चौहान के सर्वश्रेष्ठ गायिका के पुरस्कार दिहल गइल. एह गाना पर भइल नृत्य के कोरियोग्राफर फराह खान के सर्वश्रेष्ठ कोरियो ग्राफर के पुरस्कार दिहल गइल. “माई नेम इज खान” के निर्देशक करन जौहर के सर्वश्रेष्ठ निर्देशक के पुरस्कार दिहल गइल. एही फिल्म के मुख्य कलाकार शाहरुख खान आ काजोल के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता आ सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री चुनल गइल.

एकरा अलावे गायक मन्ना डे के लाइफटाइम अचीवमेंट पुरस्कार, करीना कपूर के “वी आर फेमिली” खातिर सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेत्री, रोनित रॉय के “उड़ान” खातिर सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता, रणवीर सिंह के “बैंड बाजा बारात” खातिर सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेता, राहत फतेह अली खान के “दिल तो बच्चा है जी” गावे खातिर सर्वश्रेष्ठ पा‌र्श्वगायक, गुलजार के “इब्न बतूना बगल में.” लिखे खातिर सर्वश्रेष्ठ गीतकार के पुरस्कार दिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts