रेलवे खातिर जमीन देबेवाला परिवार से एक आदमी के नौकरी
-

हाजीपुर-सुगौली, मुजफ्फरपुर-छपरा, आ मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी खातिर नया रेल लाइन बिछावे के योजना बा जवना खातिर जमीन मालिक तइयार नइखन. काल्हु विधानपरिषद सभापति ताराकांत झा का चेम्बर में डा॰रघुवंश नारायण सिंह का मौजुदगी में भइल बइठक में तय भइल कि जमीन देबे वाला हर परिवार के एक एक सदस्य के रेलवे में नौकरी दिआवल जाई. अब राजस्व विभाग वैशाली, मुजफ्फरपुर, सीतामढ़ी, पूर्वी चम्पारण, आ सारण के जिलाधिकारी के निर्दश दिहल जाई कि अर्जित होखे वाला जमीन के मालिकन से जानकारी बटोर के रेलवे के भेजल जाय.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..