लैपटाप ना मिले के खबर पर वाराणसी में छात्र भड़कले
-

वाराणसी मे काल्हु लैपटाप वितरण ले के नाराज छात्र जम के बवाल कटले आ सरकार का खिलाफ नारेबाजी कइले. एह लोग के पुलिस से नोंकोझोंक भइल. प्रदर्शनकारी छात्र जिलाधिकारी से मिलके आपन समस्या बतावल चाहत रहले जबकि पुलिस ओह लोग के रोके पर अड़ल रहुवे.
छात्रन के कहना बा कि सरकारी नियमावली के मुताबिक ओहलोग से लैपटाप खातिर आवेदन फार्म भरवावल गइल रहे. बाकिर अब महाविद्यालय प्रबंधक कहत बाड़े कि उनका लैपटाप ना मिली. वाराणसी में काल्ह पांच अक्टूबर के लैपटाप बाँटे के आयोजन बोलावल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts