विश्व बैंक के अध्यक्ष बिहार यात्रा पर आइल बाड़े
-

विश्व बैंक के अध्यक्ष राबर्ट बी जोलिक काल्हु रात बिहार के दू दिन के यात्रा पर पटना चहुँॡले जहाँ उनका अगवानी में प्रधान सचिव अफजल अमानुल्लाह समेत बहुते अधिकारी मौजूद रहलें. जोलिक का साथे बैंक के उच्च स्तरीय प्रतिनिधि मण्डलो आइल बा. ई लोग मुख्यमंत्री से मुलाकात का बाद गया जाई जहाँ महाबोधि मंदिर में पूजा अर्चना का बाद गाँवन में चलत योजना के निरीक्षण करी लोग. विश्चबैंक, भारत सरकार, आ बिहार सरकार का बीच त्रिपक्षीय समझौता पर आजु दस्तखत होखी जवना का बाद बैंक कोसी के बाढ़ पीड़ितन के पुनर्वास खातिर एक हजार करोड़ के सहायता दीहि जवना से कोसी के तेरह प्रखण्डन में आधारभूत संरचना खड़ा कइल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts