शिक्षा क्षेत्र में बढ़िया विकास हो रहल बा बिहार के
-

काल्हु दिल्ली में उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी एनुअल रिपोर्ट आफ एजुकेशन २०११ जारी कइलें जवना में बतावल गइल बा कि बिहार प्राथमिक शिक्षा का क्षेत्र में बतावे लायक खास प्रगति कइले बा. स्कूल में नाम लिखावल विद्यार्थियन के संख्या में बढ़ोतरी भइल बा आ ओह लड़िका लड़िकिन के संख्या में कमी आइल बा जे स्कूल ना जाव. छह साल से चौदह साल के उमिर के साढ़े छियानबे फीसदी बच्चन के नाम स्कूल में दर्ज बा. पाँच साल के उमिर के स्कूल आवे वाला बचवन के संख्या बढ़ के बावन फीसदी हो गइल बा. रिपोर्ट में एह बात के रेघरियावल गइल बा कि बिहार के बच्चा राष्ट्र का औसत से गणित में बेसी माहिर साबित भइल बाड़े.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..