सब पर भारी पड़लन निरहुआ ‘‘बिहारी’’
-

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के नइकी रिलीज फिलिम ‘‘एक बिहारी सब पर भारी’’ सगरी बिहारी में मजगर बिजनेस करत बिया. निरहुआ के शानदार एक्शन आ बेजोड़ संवाद से भरल एह फिल्म के पहिला हफ्ता के कलेक्शन बिहार में चालीस लाख रुपिया नेट रहल जवन कवनो भोजपुरी फिलिम के पहिला हफ्ता में सबले बेसी बा.

बिहार के 55 गो सिनेमाघरन में एह फिलिम के अब दूसरका हफ्ता चलत बा. ‘एक था टाईगर’ जइसन रिकॉर्ड व्यवसाय करे वाली फिलिम का साथे रिलीज भइल एह फिलिम के सफलता से ई फेरू साफ हो गइल कि निरहुआ के आपन दर्शक वर्ग बा जे सिरिफ उनुके के देखल चाहेला.

एह फिलिम में निरहुआ बिहारी नवही के भूमिका कइले बाड़ें आ साथ में दू गो नायिका बाड़ी अंजना सिंह आ अक्षरा सिंह. फिलिम के निर्देशन जगदीश शर्मा के बा आ निर्माता हउवें रवि शर्मा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts