सिगरा इलाका में करीब दस लाख रुपिया लूटल गइल

वाराणसी के सिगरा इलाका में नटराज सिनेमा का लगे कुछ बदमाश एगो कंपनी के दू गो कर्मचारियन के गोली मार के नौ लाख साठ हजार रुपिया लूट लिहले.

पुलिस बतावत बिया कि एगो कम्पनी के दू गो कर्मचारी सिद्धार्थ बनर्जी आ कैलाश शर्मा नकदी लेके मोटरसाइकिल से बैक के सिगरा शाखा जात रहलें तबहिए नटराज सिनेमा का लगे बदमाश दुनु के रोक के रुपिया वाल थैला छीने लगले. विरोध कइला पर दुनु के गोली मार के रुपिया लूट के परा गइले सँ. घवाहिलन के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..