सिनेमा के झलकी

सत्यमेव जयते के शानदार शुरुआत

पिछला के पिछलका हफ्ता बिहार में रिलीज भइल भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के फिल्म सत्यमेव जयते के शानदार ओपनिंग मिलल बा. फिल्म के निर्देशक बबलू सोनी आ निर्माता अनिल सिंह हउवें. एह फिल्म में राजनेता, पुलिस, माफिया गठजोड़ के कहानी देकावल गइल बा. साथे साथ दू गो आयटमो गीत डांस बा.
पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

निरहुआ यूपी में धूम मचा दिहले बाड़न

भोजपुरी के सुपर स्टार, जिनका के जुबिली स्टारो मानल जाला, दिनेश लाल निरहुआ के लोकप्रियता आजुकाल्हु यूपी के सिनेमाघरन में धूम मचवले बा. पिछला दिने रिलीज फिल्म दाग गोरखपुर का मेनका टाकीज में पहिलका हफ्ता के नेट कलेक्शन २, ४४, ३१४ रुपिया के करके ओहिजा खातिर एगो रिकार्डे बना दिहले बा.
पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

शुभी संग नैना लड़ावतारे पवन सिंह

भोजपुरी के युवराज सुपरस्टार पवन सिंह एह घरी शुभी शर्मा का साथे आँख लड़ावे में लागल बाड़े. आलोक कुमार के फिल्म भईया के साली ओढ़निया वाली में उनका के नायिका शुभी शर्मा का साथ प्यार मुहब्बत के पेंग बढ़ावत देखल जाई.
पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

जाबांज जिगरवाले बिहार में धूम मचा दिहले बाड़न

पिछला हफ्ता फिल्म जाबांज जिगरवाले एके साथ बिहार के पचीस गो सिनेमा हॉलन में रिलीज कइल गइल त सगरी जगहा ओकरा बढ़िया शुरुआत मिलल बा. दर्शकन का तरफ से मिले वाली प्रतिक्रिया सकारात्मक बा. एह में मुख्य भूमिका विनय आनन्द, विराज भट्ट, सुशील सिंह, आ सोनाली जोशी के बा.
पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

प्रवेश कइलन पाखी से शादी!

पिछला दिने भोजपुरी के नयका सुपर स्टार प्रवेशलाल पूरा विधि बिधान से मुंबई का मड आईलैंड का एगो रिसार्ट में पुरनका सुपर अदाकारा पाखी हेगडे से शादी कर लिहलन.
पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

बिहार के आधा सिनेमाघर पर रविकिशन कब्जा जमवलन

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन आजुकाल्हु बिहार के आधा सिनेमाघर कब्जिया लिहले बाड़न. लगातार चार गो सुपर हिट फिल्म दिहला का बाद अचके में उनकर दाम बढ़ गइल बा. अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स अपना अगिला फिल्म खातिर उनका के पचास लाख में साइन कइले बिया.
पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..