सिपाही के हत्या का मामिला में दू गो सिपाही गिरफ्तार
-

पश्चिम चंपारण जिला मे एक पख पहिले भइल एगो सिपाही के हत्या के मामिला में पुलिस के दू गो जवान के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.
पुलिस अधीक्षक सुनील कुमार नायक काल्हु सनिचर का दिने बेतिया में बतवले कि 19 सितम्बर के रात अधिवक्ता विश्वमोहन मिश्रा के अंगरक्षक के रूप मे तैनात सिपाही रजनीश के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल रहे. मामिला के जाँच से पता चलल कि जिला बल मे तैनात सिपाही फूलन कुमार राम आ सनीउल्लाह खान एह हत्या में शामिल रहले आ एही चलते दुनु सिपाहियन के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.
सुनील नायक बतवले कि गिरफतार पुलिसकर्मियन के पॉलीग्राफी टेस्ट करावल जाई जेहसे कि सचाई सामने आ पावे.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts