सुब्रत राय के गिरफ्तारी के आदेश मंगलसि सेबी

सहारा ग्रुप के चेयरमैन सुब्रत राय आ दू गो अउरी अधिकारियन के गिरफ्तारी खातिर सेबी सर्वोच्च न्यायालय से आदेश देबे के निहोरा कइले बिया. सहारा अउरी समय माँगत सर्वोच्च न्यायालय में अपील कइले रहुवे जवना के न्यायालय माने से मना कर दिहलसि. उलटे पूछलसि कि अबहीं ले चौबीस हजार करोड़ रुपिया निवेशकन के लवटावल काहे ना गइल. सुब्रत राय आ अउरी दू गो अधिकारियन के गिरफ्तारी के निहोरा पर अप्रेल के पहिला हफ्ता में सुनवाई होखी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..