सुरसंग्राम के लड़ाई अब आखिरी दौर में
-

महुआ टीवी के लोकप्रिय संगीत रियलिटी शो “सुरसंग्राम सीजन २” अब अपना आखिरी दौर में बा. यूपी आ बिहार से दू दू गो प्रतिभागी रह गइल बाड़न आ अब ओहि में से एक एक प्रतिभागी आखिरी दौर में चहुँपिहें. यूपी से मनोहर आ रघुबीर का बीच लड़ाई बा त बिहार से जाहिद अनवर आ ममता राउत का बीच. एह लोग के पाँच गो चक्रव्यूह के सामना करे के बा.

आजु शनिचर का रात प्रसारित कार्यक्रम में चारो के भिखारी ठाकुर के एतिहासिक लोकगीतन के चक्रव्यूह से गुजरे के पड़ी. एह एपिसोड के शुरुआत कल्पना भिखारी ठाकुर के गीत “अइसन लिखलन करम में विधाता” से करीहें. जे लोग आजु के कार्यक्रम ना देख सकी से अगिला शुक का दिने एगारह बजे से एह एपिसोड के देख सकेला. शनिचरे का दिने दोसरको चक्रव्यूह से गुजरे के बा सबका. ओह एपिसोड में बालीवुड के भोजपुरी फ्लेवर वाला गीतन के दौर चली.

शनिचर के देखावल जाये वाला एपिसोड में उदित नारायण झा मेहमान जज बन के रहीहें. एही एपिसोड में बिहार आ यूपी के दावेदारन खातिर तइयार सिंहासन देखावल जाई आ ट्राफी के अनावरण कइल जाई. गायक उदित नारायण अपना गीत ” कितना चिट्ठी कितना मैसेज” गावत एन्ट्री मरीहें जवना पर रविकिशन आ मनोज तिवारी उदित नारायण का साथे ठुमका लगइहें.

शो के समय हमेशा का तरह शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से रही. पुनर्प्रसारण शनिचर के एपिसोड अगिला शुक का दिने दिन में एगारह बजे से देखावल जाई आ शुक के प्रोग्राम अगिला दिने शनिचर के दुपहर में ११ बजे से फेर से देखावल जाला. संग्राम अब अपना आखिरी दौर में बा एहसे कवनो एपिसोड छोड़ल ठीक ना लागी.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts