स्पेस क्रिएटिव मीडिया के नया पहल….
-

पब्लिक रिलेशन (PR) का क्षेत्र में एगो नया सोच आ निशाना का साथ उतरल “स्पेस क्रिएटिव मीडिया”. भोजपुरी इंडस्ट्री के प्रमोशनल पैतरन के सही ट्रेक पर ले आवे के कोशिश में जुटल बा. एह दिसाईं एक डेग आगा बढ़ावत स्पेस क्रिएटिव मीडिया एगो म्यूजिक कम्पनी का साथे टाय-अप कइले बा जवना का तहत भोजपुरी फिलिमन के गीत-संगीत के वेब प्रोमोशन का ज़रिये बेसी से बेसी लोग तक चहुँपावल जाई.

भोजपुरी फिलिमन के गीत-संगीत के महत्त्व केहू से छिपल नइखे. लेकिन आज नामी-गिरामी म्यूजिक कम्पनी सब भोजपुरी संगीत के शोषण करत बानी सँ आ इहे कारण बा कि बढ़िया से बढ़िया भोजपुरी संगीत एह म्यूजिक कंपनियन के कचड़ा के ढ़ेर बन के रह जात बाड़ी सँ. स्पेस क्रिएटिव मीडिया भोजपुरी संगीत के मिठास बेसी से बेसी लोग ले चहुँपा के ऊकरा के ओकर वाजिब हक दिआवे के तय कर लिहले बा. उम्मेद कइल जाव कि स्पेस क्रिएटिव मीडिया के एह नया पहल से भोजपुरी संगीत के एगो नया आयाम मिल पाई.


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts