सड़क दुर्घटना में तीन लोग के मौत
-

आजु शनिचर का दिने मिर्जापुर के देहात कोतवाल के बरकहा गाँव का लगे एगो जीप आ ट्रक के भिड़न्त से जीप में सवार दू जने के मौत हो गइल, आठ जने घवाहिलो भइल बाड़न. एगो दोसर दुर्घटना कटरा कोतवाली के शास्त्री पुल पर भइल जवना में एगो ट्रक से कचरा के एगो आदमी के मौत हो गइल.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..