सड़क हादसा, ठनका गिरल वगैरह हादसा

पश्चिम चंपारण जिला के शनिचरा थाना के जिनबलिया गाँव का नियरा एगो सड़क हादसा में काल्हु एगो औरत के मीत ठाँवे पर हो गइल जबकि ओकरा दू गो बच्चा समेत पाँच जने घवाहिल हो गइलें.

रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के चौखरा गाँव में काल्हु भिनसारे एगो बम विस्फोट में एक आदमी घवाहिल हो गइल.

डुमराँव कोरानसराय के चुआड़ गाँव में अतवार का दिने बरखा होखत घरी गिरल ठनका से एगो औरत के मौत हो गइल आ दू जने झँउस गइले. एह लोग के इलाज खातिर बक्सर भेज दिहल गइल.

0 Comments

Recent Posts