हामिद अंसारी के दुबारा उपराष्ट्रपति बनावल जाई
-

यूपीए गठबन्हन का बइठकी में यूपीए के सर्वेसर्वा सोनिया गाँधी उपराष्ट्रपति पद पर हामिद अंसारी के फेर से उम्मीदवार बनावे के एलान कइली जवना से गठबन्हन के बाकी सहयोगी सहमति जतवलें. एह बइठक में तृणमूल का तरफ से मुकुल बनर्जी शामिल रहलें बाकिर ममता बनर्जी के फैसला का होखी से अबहीं पता नइखे चलल.

एने बसपा आ सपा दुनु कांग्रेस नीत यूपीए गठबन्हन के उम्मीदवार हामिद अंसारी के समर्थन करे के एलान कर दिहलें. बिहारो से पहिले इशारा मिलल रहे कि शायद नीतीशो कुमार हामिद अंसारी के समर्थन कर दीहें बाकिर अबहीं ले मामिला साफ नइखे भइल. नीतीश संकेत दिहलें बाड़ें कि फैसला राजग गठबन्हन में लिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts