23 मई से शुरू ‘सईया जी दिलवा माँगेले’

SaiyaJi-poster
भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के फिलिम ‘सईया जी दिलवा माँगेले’ के प्रदर्शन 23 मई से बिहार झारखंड के सिनेमाघरन में कइल जाई.

फ्युचरविज एडवटाईजिंग प्रा०लि० के परोसल आ संदीप श्रीवास्तव फिल्मस् इन एसोसिएशन माँ केला फिल्मस् (धीरेन्द्र चौबे) के एह फिलिम में पवन सिंह कॉलेजिया स्टूडेण्ट बनल बाड़न जे आपन खरचा चलावे ला कुली के कामो करेला.

निर्माता संदीप श्रीवास्तव-सुनील ओझा के एह फिलिम में पवन सिंह संगे हॉट गर्ल मोनालिसा, ब्रजेश त्रिपाठी, आनंद मोहन, अवधेश मिश्रा, अजाज खान, प्रिया पाण्डेय आ सीमा सिंह के प्रमुख भूमिका बा.

निर्देशन राजकुमार आर० पाण्डेय के बा. गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार राजेश गुप्ता, आ एक्शन मास्टर दिलीप यादव हउवन. संगीत टी-सीरीज प जारी भइल बा.

एकरा ट्रेलर के युटूयूब पर शानदार रिस्पांस मिलत बा. निर्माता संदीप श्रीवास्तव के कहना बा कि ‘सईया जी दिलवा माँगेले’ बॉक्स ऑफिस पर सुपरहिट साबित होखी.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..