31 मई के ‘कोठा’ पर बिकइहें रिंकू घोष

rinku-white-sari‘गंगा जमुना सरस्वती’ आ ‘साली बड़ी सतावेली’ जइसन ब्लॉक बस्टर फिलिम दिहला क बाद अब सिनेमा भोजपुरी के अव्वल अदाकारा रिंकू घोष के अगिला फिलिम ‘कोठा’ प्रदर्शन ला तइयार बा. एकरा के 31 मई के बिहार में रिलीज कइल जाई,

‘कोठा’ में रिंकू घोष एगो अइसन कनिया बाड़ी जेकरा के ओकर पति अपना मजबूरी में कोठा पर बेच देता. एह फिलिम के शूटिंग रायपुर के मुक्तांगन में भइल रहे आ लाजवाब लोकेशन वाली एह फिलिम में रिंकू घोष के भूमिका उनकर फिलिम ‘बिदाई’ के याद दिलाई. ‘कोठा’ फिलिम ला रिंकू घोष बहुते उछाह में बाड़ी. लीक से हटल भूमिका चुने में रिंकू घोष के केहु तोड़ नइखे.

‘कोठा’ के निर्देशक हउवें मनोज श्रीपति झा, कहानी लेखक सुरेन्द्र मिश्रा आ मनोज श्रीपति हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *