12 सितम्बर से बिहार आ झारखण्ड में देखावल जाई ‘रावडी रानी’
-

RowdyRani-poster
जीविका फिल्म्स प्रोडक्शन बैनर तर प्रकाश चन्द्र ए राय के बनावल भोजपुरी फिलिम ’रावडी रानी’ 12 सितम्बर से बिहार आ झारखण्ड का सिनेमाघरन में देखावल जाई. एह फिलिम में भोजपुरी दर्शकन के पहिला पहली पसंद रानी चटर्जी खतरनाक स्टंट करत नजर अइहन. साथ ही अमरीशो सिंह के स्टंट आ रोमांटिक सीन दर्शकन के मनोरंजन करी.

एह फिलिम में पहिला बेर रानी चटर्जी आ मनोज टाईगर के धमाल मचावे वाली कॉमेडीओ से खूबे मनोरंजन होखी.

निर्माता मधुवेंद्र पी राय, कार्यकारी निर्माता राजकुमार शुक्ला, निर्देशक इकबाल बख्श, कथा=पटकथा लेखक रमेश मिश्रा, पटकथा-संवाद लेखक मनोज टाईगर, संगीतकार छोटे बाबा अउर आबिद जमाल, गीतकार विनय बिहारी अउर प्यारेलाल यादव ’कवि’, छायांकनकर्ता दिनेश आर पटेल, नृत्यगुरू दिलीप मिस्त्री, मारधाड़ मास्टर अकबर शरीफ, आ संकलनकर्ता गुड्डु जाफरी हउवें.

मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, अमरीश सिंह, मनोज टाईगर, अभय कुमार, नेहा तिवारी, सोनू दूबे, लल्लन सिंह, सोनिया मिश्रा, शब्बीर कुरैशी, रत्नेश तिवारी, राहुल भिसे, शिवम, सर्वदेव शुक्ल अउर दीपक भाटिया के आ आईटम गीत में सम्भावना सेठ बाड़ी.


(रंजन सिन्हा)

1 Comment

  1. pandey

    Full movis

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts