श्रेणी: समाचार

महाराजगंज उपचुनाव सरगर्मी पर

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में सगरी दल अपना उम्मीदवार के जितावे खातिर प्रचार करे में जी जान से लागल बाड़ी सँ. सभे दावा करत बा कि ओकरे उम्मीदवार जीती बाकिर भितरे भीतर सभकर पसीना छूटत बा काहें कि जनता के मूड के थाह नइखे...

Read More

आतंकवादी आरोपी के मौत पर छह लाख के मुआविजा

अखिलेश सरकार फैजाबाद जिला कचहरी पर बम हमला करे के आरोपी खालिद मुजाहिद का मरला का चलते ओकरा परिवार के छह लाख रुपिया के सहायता देबे के घोषणा कइले बिया. खालिद के मौत अदालत से वापसी का रास्ता में तबियत खराब भइला का चलते हो गइल...

Read More

उमिर कैद के मतलब उमिर भर कैद होला

एगो निहोरा पर सुनवाई करत सुप्रीम कोर्ट कहले बा कि उमिर कैद के मतलब होला उमिर भर कैद आ एह सजा में कटौती के अधिकार सिरिफ राष्ट्रपति आ राज्यपाले लोग का पास होला. कवनो कैदी के ई हक ना बने कि ऊ चौदह साल जेल में बितवला का बाद अपना के...

Read More

अइसन बउरहवा वर से बेटि जन बिअइहऽ

बलिया के मैरीटार में पिछला दिने माँड़ो में औरतन के मजाक से भड़क के दुलहा माँड़ो छोड़ के फरार हो गइल आ खोजले ना भेंटाइल. नाराज घराती बरातियन के बन्हक बना लिहले बाकिर तबो समाधान ना हो सकल. पंचायतो बइठल बाकिर बिआह ना हो सकल काहें कि...

Read More

डा॰ विनोद सदस्य बने से इंकार कर दिहले

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति अपना मनमर्जी से बिना सिंडिकेट के बईठक बोलवले समितियन के सदस्य मनोनीत कर दिहले बाड़े. कुलपति के एह अलोकतांत्रिक तरीका के विरोध करत अंगरेजी विभागाध्यक्ष डा॰ विनोद अनुशासन आ प्रेस कमिटि के...

Read More

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..