भोजपुरी गाना खातिर समर्पित साइट पर राउर स्वागत बा

भोजपुरी समाज आ संस्कृति में गीत गवनई के बहुत बड़हन महत्व होला. जीवन के हर मोड़ पर, हर मौका पर, तीज तेहवार पर, शादी बिआह पर, मौका कुमौका पर, होली दशहरा पर, फागुन चइत सावन में भोजपुरी गाना अपना पूरा रस का साथ मौजूद रहेला.

भोजपुरी के गीत गवनई पारंपरिक रूप से निर्बाध रहल बा. कुछ लोग एकरा के अश्लीलता कहेला, कुछ लोग फूहड़पन. ओह विवाद मे पड़ला बिना अतना जरूर कहल जा सकेला कि भोजपुरी के आनन्द लेबे के बा त ओकरा पूरा नैसर्गिक रस का साथ लीं. मर्यादा के ध्यान जरूर राखीं बाकिर अलग अलग मौसम में, अलग अलग मौका पर, अलग अलग माहौल में एह मर्यादा के सीमा अलग अलग होला.

वेबसाइट पर कवनो गीत के आनन्द लेत घरी अधिकतर लोग अकेले आ अपने जइसन रुचि वाला मण्डली में होला एहसे एहिजा मर्यादा के सीमा तनी दोसर होई. घर परिवार में सभका साथे आनन्द लेत घरी मर्यादा के  सीमा रेखा तनी कम दायरा में होई, निर्बाध ना हो पाई.

अँजोरिया हमेशा से खुलापन के समर्थक रहल बिया बाकिर बेहयाई आ फूहड़पन के ना. एहिजो कवनो विवाद उपजावल हमार मकसद नइखे बाकिर भोजपुरी गीत गवनई परोसे से पहिले कुछ बात साफ कर दिहल जरूरी बा. हर गीत गवनई से अँजोरिया के सहमत होखल जरूरी नइखे. अगर रउरा कवनो गीत मर्यादा के सीमा लाँघत बुझाव त आपन प्रतिक्रिया जरूर दीं. रउरा प्रतिक्रिया पर ध्यान जरूर दिहल जाई, मानल जरुरी नइखे. हमरा हर विचार से राउर सहमत होखल जरूरी नइखे, रउरा हर बात के मानल हमरा खातिर जरूरी नइखे.

एहिजा पेश कवनो गीत गवनई के स्वामित्व पर कवनो तरह के दावा अँजोरिया परिवार के नइखे आ हर गाना ओकरा रचयिता, गायक गायिका, संगीतकार, प्रकाशक भा लेखनअधिकार स्वामी के ह. कवनो गीत गवनई पेश करे के मकसद ओहसे कमाई करे के नइखे बलुक भोजपुरी गीत गवनई के स्वाद दुनिया भर में पसरल भोजपुरियन ले चहुँपावे के बा.

एह साइट पर हर गीत गवनई के वर्गीकरण ओकरा के गावे वाला, ओकर प्रकार, आ मौका के आधार पर कइल जाई. रउरा अगर कवनो गीत खोजत बानी आ त एहिजा आपन संदेश लिख डालीं. कोशिश कइल जाई कि ओकरा के खोज निकाल के एहिजा जोड़ दिहल जाव. अगर रउरा कवनो गीत गवनई के लिंक जोड़वावल चाहत बानी त उहो लिख डालीं.

भोजपुरी के नयका गायक गायिका अपना बारे में जानकारी भेज सकेलें जवना के प्रकाशित करे के कोशिश कइल जाई. एहसे ओह लोग के नया नया लोग तक चहुँपे में सुविधा हो जाई.

3 Comments

  1. AMIT

    mujhe apne album songs uplod karana hai plz reply

  2. aryan

    r/sir pls uplod my songs link youtube.com/aryan211000

  3. shiva

    holi