Patient dies during tubeligation

At a family planning camp a patient undergoing laparoscopic tubeligation died. The operating surgeon, Dr.A.K.Singh from Rasra CHC, and his team put the body in the ambulance and left the place in haste. Later the villagers put up a road block which was broken by police and the leader of the blockade was put behind bars.
CMO has constituted a team of doctors to investigate the matter and report within 24 hours. Action against the culprits, if any, has been assured by the administration.
Usually these operations are done under inadequate facility and everyone is interested in fulfilling one’s target only.

बलिया जिला के नगरा स्वास्थ्यकेन्द्र पर चल रहल नसबन्दी आपरेशन कैम्प में एगो महिला के मौत आपरेशन का दौरान हो गइल जवना का बाद लाश के एम्बुलेंस में डाल के रसड़ा स्वास्थ्य केन्द्र से आइल सर्ज डा॰ए॰के॰सिंह आ उनकर टीम ओहिजा से चल गइलन.
घटना से नाराज गाँव वाले रास्ता जाम कर दिहले त पुलिस लाठी का जोर पर जाम तुड़वलसि आ जाम करे वालन के नेता हरिश्चन्द्र के थाना ले के आ गइल. कहलसि कि अगर शिकायत बा त तहरीर दर्ज कराव लोग सड़कि जाम कइले से का फायदा ?
बाद में जिला मुख्य चिकित्सा पदाधिकारी सुनील भारती जिला अस्पताल के तीन गो डाक्टरन के दल बना के घटना के जाँच के जिम्मेदारी सँउप दिहलन आ चौबीस घंटा में आपन रिपोर्ट देबे के कहले बाड़न. प्रशासन भरोसा दिअवले बा कि अगर गलती पावल गइल त गलती करे वाला का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई.
असल में एह तरह के शिविर में पर्याप्त चिकित्सा सुविधा ना रहेला आ डाक्टर के बहुते दबाव आ तनाव का हालात में आपरेशन करे के पड़ेला. जवना हालात में आपरेशन होली सँ ओहमें दुर्घटना भइला के का अचरज. ना होखला के अचरज करे के चाहीं. सभका ध्यान में बस आपन टार्जेट पूरा करे के रहेला.

0 Comments