अपहरण के मामिला में दूनो ओर से केस दरज
-

बांसडीह रोड, बलिया. थाना क्षत्रे के हरिपुर गांव गांव में पांच साल के एगो लइका अमन के अगवा कइला के मामिला तूल पकडि़ लेले बा। पुलिस अपहरण के आरोपी संजय राम के पकडि़ के पूछताछ करूए बाकी राति खाने ओके छोडि़ दीहल गउए जेवना के चलते लोग बउखलाइल बा आ उच्चाधिकारियन के कहला से संजय के रपट पर पुलिस प्रधान पआ अउरी लोगन के खेलाफ मुकदमा लिखि ले ले बा। पूरा माममिला के जांच पुलिस करतिया। बतावल जाता कि हरिपुर के प्रधान प्रभावती देवी के जेठ जयराम यादव के पांच बरिस के बेटा अमर दिसा मैदान खातिर खेत में गइल रहुअन जहवा संजय नव बजे सुबहे पहुंचि के अमन के अपना साथे जबरजस्ती ले के जाए लगुअन त एकर सूचना पा के ढेर लोग दउरि के ओनी गउए लो आ संजय के पकडि़ के खूबे जम के पीटुए लो आ ओके पुलिस के हाथ में दे दिहुवन लो। पुलिस के इ कहनाम बा कि संजय नसा में रहुवे आ उ रासता भुला के ओनी चलि गइल रहुए आ लइकन से रासता पूछि के पहुुंचावे के कहत रहुए। संजयो ए बाति के रपट पुलिस में कइले बाड़न कि हमरा के पांचि लोग मिलि के मारल पीटल ह।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts