अमेरिकी इतिहास में सबले बूढ़ अपराधी के दीहल गइल मौत
-


वाशिंगटन 20 अप्रैल (वार्ता). अमेरिका के अलाबामा प्रांत में अबले के सबले बूढ़ अपराधी वाल्चर मूडी के आजु मौत दे दीहल गइल. ओकरा पर साल 1989 में सिलसिलेवार बम धमाका करावे के आरोप रहुवे.
जेल अधिकारियन से जानकारी मिलल कि 83 बरीस के वाल्टर मूडी के अलाबामा प्रांत के अटमोर में विलियम सी होलमैन फेसिलिटी में इंजेक्शन लगा के मौत के सजा दीहल गइल. एह साल अमेरिका में दीहल गइल ई 8वां मौत हुवे.
एहसे पहिले साल 2005 में जॉन निक्सन (77 बरीस) के मौत के सजा दीहल रहे जे तब अमेरीका में एह तरह के मौत पावे वाला सबले बूढ़ अपराधी रहुवे. अमेरिका में साल 1976 में मौत के सजा पर लागल पाबन्दी हटा लीहल गइल रहुवे.
साल 1989 में अमेरिका के एगो अदालत के न्यायधीश रोबर्ट वांस के घर पर बम भेजके उनुका के मारे आ जॉर्जिया के सिविल राइट अटॉर्नी राबर्ट रोबिनसन के मारे के दोषी पावल गइस रहुवे. बतावल जात बा कि मूडी एहसे नारा ज रहुवे कि ओकरा के साल 1972 में बम भेजे के एगो मामिला में दोषी मानत सजा सुनावल रहे आ ओही का खिसी ऊ एह लोग के जान ले लिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts