आकाश योगी ले आवत बाड़े "चलल लाल चिंगारी"
-

ए. एस. मीना फिल्मस् के बैनर तले बनत बड़हन एक्शन प्रधान फिल्म ‘‘चलल लाल चिंगारी’’ लेके आवत बाड़न पटना के रहे वाला निर्देशक आकाश योगी. ई फिल्म पूरा तरह बिहार के एगो साँच घटना पर आधारित बावे. आतंकवादी कइसे धन बिटोरेले आ एह कलयुग में एकनीओ के का मजबूरी होले, कवन लोग एकनी के मजबूर करेले वगैरह देखावल जाई एह फिलिम का जरिये.

बतावल जात बा कि एह फिल्म के जल्दिये रिलीज कइल जाई. एहमें कुल आउ गो बहुते कर्णप्रिय आ मनमोहक गाना बाड़ी सँ. एह फिल्म का जररिये अभिनेता राहुल सिंह के परदा पर पहिला बेर उतारल जात बा. उनुकर साथ दिहले बाड़ी अभिनेत्री सरिका संघमित्रा. फिल्म के प्रस्तुत करत बाड़े सुरेन्द्र कुमार आ आनंद मधुकर.

निर्माता योग नारायण, लेखक निर्देशक आकाश योगी, पटकथा संवाद सतेन्द्र स्वामी, गीत. बी. साही, संगीत अरविंद मधुर, छायांकन अरूण मिश्रा, नृत्य निक्की बत्रा, केदार सुब्बा, फाइट जीतू सिंह, आर्ट मुकेश सिंह, सुनील झा के बा.

मुख्य कलाकारन में नवोदित राहुल सिंह, सारिका संघमित्रा, प्रीति सिंघानिया, चन्द्र भूषण तिवारी, पूजा पंडित, आर. एस. गिरी, इंदर उपाध्याय, लक्ष्मी, अर्चना मांसी, छाया वर्मा, आकाश योगी, सोनम आ उपासना सिंह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts