आखिर भारत हारिये गइल
-

इंग्लैंड का साथे होखत लॉर्ड्स क्रिकेट टेस्ट मैच में भारत आखिरकार हारिये गइल. हार के मुख्य कारण रहल बल्लेबाजन के लचर खेल. इंगलैण्ड के दुसरका पारी में भारत के गेंदबाज शुरु में बेहतर कमाल देखवले रहले आ ७२ रन पर इंगलैण्ड के पाँच गो विकेट चटका दिहले रहले बाकिर ओकरा बाद इंगलैण्ड फेर जम गइल रहे आ दुसरका पारी में छह विकेट गवाँ के २६९ रन पर पारी घोषित कर दिहले रहे. पहिलको पारी इंगलैण्ड घोषिते कइले रहे जब ऊ आठ विकेट का नुकसान पर ४७४ रन बनवले रहे. एकरा जबाब में भारत पहिलका पारी में २८६ रन पर आल आउट हो गइल रहे आ काल्हु पाँचवा दिने अपना दुसरको पारी में २६१ रन बना पवलसि. भारत ई टेस्ट द्रविड़ का शतका का बावजूद हार गइल जिनका शतका का बाद भारत एके बेर हारल रहे. ई दुसरका बेर हो गइल जब द्रविड़ के शतक शगुनिया साबित ना हो पावल. सचिन से उम्मेद रहे कि एह टेस्ट में शायद ऊ अपना शतक के सउवाँ लगा दीहे बाकिर अइसन ना हो पावल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts