आरजीएसएम में घोटाला दर घोटाला
-

राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन मे अतना बड़हन पैमाना पर घोटाला दर घोटाला भइल बा आ कई एक जगहा आजुओ हो रहल बा कि एह घोटाला के परत ना उघारल जा सके. बेपनाह आमदनी के जरिया बनल एह योजना का चलते लखनऊ के तीन तीन गो सीएमओ के जान जा चुकल बा. आ पता ना अबही कतना लोग के जान जाये वाला बा. अगर एह घोटाला के हर परत उघार हो गइल त बाहर से बेसी डाक्टर जेल का भीतर बन्द भेंटइहे. एह योजना का तहत काम करे वाला निजी अस्पतालन में जम के अन्हेरगर्दी मचल बा. सभके इहे लागत बा कि समय रहते गंगा नहा लिहल जाव. जे नइखे नहा पवले से टुकुर टुकर दोसरा के नहात देखत बा कि कहियो त हमरो मौका मिली. हमहूं एहीं ग डुबकी मार मार के नहाएब.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts