ईद पर रिलीज होखी ‘जानेमन’
-

Jaaneman-poster-eid
श्रेयस फिल्मस् बैनर तर बनल निर्माता प्रेम राय के म्युजिकल रोमांटिक एक्शन फिलिम ‘जानेमन’ के ईद का शुभअवसर पर सगरी बिहार आ झारखंड के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निर्देशक हउवन अरविंद चौबे. संगीत घुंघरू के दिहल ह.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, विराज भट्ट, काजल राघवानी, प्रियंका पंडित, संजय पाण्डेय आ आलोक यादव के नाम शामिल बा.

फिलिम के कहानी दुबारा जनम होखे पर बा. खेसारीलाल के पूरा उमेद बा जे एह फिलिम के देखेवालन के भरपूर प्यार आ समर्थन मिली. काहे कि फिलिम बहुते मेहनत से आ नीक बनल बा.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts