उत्तर प्रदेश के खबर
-

(बियफे, 6 अक्टूबर)

  • प्रदेश में शिक्षक पात्रता परीक्षा तेरह नवम्बर के करावल जाई. परीक्षा केन्द्र अठारहो मंडल मुख्यालय पर करावल जाई. आवेदन पत्र पंजाब नेशनल बैंक के शाखा से खरीदल जा सकेला. आवेदन करे के अंतिम तारीख अठारह अक्टूबर बावे.
  • 2012 में होखे वाला उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव खातिर कांग्रेस जवन दुसरकी सूची जारी कइले बिया तवना में मायावतीओ के नाम शामिल बा. एह सूची में बासठ गो नाम बा.
  • भदोही जिला के कोइराना इलाका से एगो इनामी अपराधी लालचन्द के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • जौनपुर में चकप्यार अली नाव घाट पर बियफे का दिने एगो नाव गोमती में पलट गइला जवना से पन्द्रह लोग डूब गइल. तेरह लोग के बचा लिहल गइल बाकिर दू आदमी के पता नइखे चलत. लाशो नइखे मिलल.
  • एटा जिला में बियफे भोर में गुरुवार तड़के तेज रफ्तार मिनी ट्रक के पलटला से ओहमें सवार पांच लोग के मौत हो गइल आ 20 जने घवाहिल हो गइलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts