उत्तर प्रदेश के खबर
-

(मंगल, 29 नवंबर)

  • सोमार का दिने बसपा के दलित पिछड़ा भाईचारा सम्मेलन संबोधित करत मुख्यमंत्री मायावती कहली कि राज्य में कबहियो चुनाव के एलान हो सकेला. कांग्रेस पार्टी के लोग हाथी के सपना देख डेराइल बा. राहुल गाँधी के विदेशी दोस्तन खातिर देश में खुदरा व्यापार में विदेशी निवेशकन के नेवतल जात बा जवना से देश के किसान आ छोटका व्यापारी बरबाद हो जइहें. कहली कि अगिला महीना एगो अउरी बड़हन जनसभा नोएडा में करावल जाई.
  • उतर प्रदेश के लोकायुक्त एन. के. मेहरोत्रा भठियरपन के आरोप में घेराइल बसपा सरकार के मंत्री रतन लाल अहिरवार के मंत्री पद से हटावे के सिफारिश कइले बाड़न.
  • बसपा अपना सरकार में मंत्री रहल बाबू सिंह कुशवाहा के पार्टी से निकाल दिहलसि. कुशवाहा पर भठियरपन के आरोप बा आ सीबीआई के शिकंजा कसा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts