एक दिन में चौदह विकेट गिरल
-

दक्षिण अफ्रीका का साथ हो रहल दूसरका टेस्ट मैच का दोसरका दिने कमाल के खेल हो गइल आ संकट में घेराइल भारत पहिला पारी का आधार पर ७४ रन के बढ़ती बना लिहलसि. दक्षिण अफ्रीका एक सौ एकतीसे रन बना के आउट हो गइल. बाद में आपन दुसरका पारी खेले आइल भारत स्टम्प का बेरा चार विकेट का नुकसान पर ९२ रन बना लिहले रहुवे. अब सब कुछ एह पर बा कि काल्हु का हो रहल बा. अगर लक्ष्मण जम गइलन त भारत ठीक ठाक हालात में आ जाई. आजु के खेल के खास खबर ई रहल कि राहुल द्रविड़ दुनिया के पहिला खिलाड़ी हो गइलें जे २०० टेस्ट कैच लिहले होखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts