'एक बार मैंने फिर प्यार किया' जल्दिए रिलीज होई
-

मैंगो मोशन मूवीज प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘एक बार फिर मैंने प्यार किया’ जल्दिए उत्तर प्रदेश आ बिहार के सिनेमाघरन में प्रदर्शित होखे जात बा. एह फिल्म के सिनेमा भोजपुरी के ‘डर्टी पिक्चर’ कहल जा सकेला जवना में बालीवुड हिरोईन विद्या बालन के बाद भोजपुरी नायिका मोनालिसा के हॉट अवतार रुपहला परदा पर देखल जाई. एतना बोल्ड किरदार आजु ले मोनालिसा कवनो फिलिम में नइखी कइले. सभे एह फिल्म के बेसब्री से तिकवत बा.

एह फिलिम के निर्माता अभिषेक धारीवाल, निर्देशक सुभाष, गीतकार सुनील झा, संगीतकार सावन कुमार सावन आ कार्यकारी निर्माता राहुल पाठक हउवन. फिल्म के बड़की भुमिका में मोनालिसा, मिलिंद गुणाजी, अली खान, अउर बाबी खान वगैरह बा लोग.

निर्माता अभिषेक धारीवाल एह से पहिले रानी चटर्जी अभिनीत ‘फूल बनल अंगार’ बनवले रहलें जवना के दर्शक बहुते पसंद कइले रहलें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts