एक लैला रानी रानी चटर्जी तीन गो छैला संगे धमाल करीहें.
-

RaniChatterjee
भोजपुरी स्टार अभिनेत्री रानी चटर्जी के तीन गो बड़हन फिलिम बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचावे के तइयारी में बाड़ी सँ. सबसे पहिले आई ‘एक लैला तीन छैला’ जवना में रानी का संगे तीन जने नायक बाड़ें अरविंद अकेला कल्लु, राकेश मिश्रा आ धर्मेश कुमार.

मल्लाह पु्त्र मुकेश सहनी के बनावल एह फिलिम में रानी एक बेर फेरू एक्शन के तड़का लगावत नजर आइल बाड़ी.

दोसरकी फिलिम होखी ‘बिटिया सदा सुहागिन रहऽ’ जवना में रानी चटर्जी भारतीय नारी के भूमिका में बाड़ी. दू गो अउरी फिलिमन में नायिका बाड़ी. एह फिलिमन, ‘हमके दारू नहीं मेहरारू चाहीं’ आ ‘रानी की हुकुमुत’, के शूटिंग चालू बा.

एह फिलिमन से रानी के बहुते उमेद बा कि एहनी के दर्शक खूबे पसंद करीहें.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts