एगो भोजपुरिया के अनूठा रिकार्ड
-

उत्तर प्रदेश के मऊ जिला के मुहम्मदाबाद गोहना के कबीराबाद मुहल्ला के निवासी डॉ० कृष्ण एन० शर्मा के नामे एगो अनूठा रिकार्ड जुड़ गइल बा. डॉ० कृष्ण एन० शर्मा के लिखल आ हालही में प्रकाशित एगो किताब दू गो रिकार्ड बनवले बावे जवना रिकार्ड के ‘इंडिया बुक ऑफ़ रेकॉर्ड्स’ अउर ‘यूनीक वर्ल्ड रेकॉर्ड्स’ सत्यापित कइले बाड़ी सँ.

एह किताब में १५७९ लोग का बारे में धन्यवाद ज्ञापन कइल गइल बा चालीस पेज के ई संदर्भ सूची दुनिया में अबतक के सबले लमहर ‘बुक एक्नोलेजमेंट’ का रुप में सत्यापित कइल गइल बा.

बहुमुखी प्रतिभा के धनी, मुंबई में स्थापित चिकित्सक आ लेखक डॉ० कृष्ण एन० शर्मा के चिकित्सा, संगीत आ कविता पर अनेके किताब जर्मनी, अमेरिका आ भारत से प्रकाशित भइल बा. डॉ० कृष्ण बतवलें कि ऊ पिछला साल अमेरिकन स्पेस एजेंसी ‘नासा’ के अन्तराष्ट्रीय कार्यक्रम ‘फेस-इन-स्पेस’ ओ में शामिल भइल रहलें.

थियेटर आ फिलिमो जगत से जुड़ल डॉ० कृष्ण एगो टेलीफिल्म ‘अमर प्रेम’ में मुख्य किरदार निभवले बाड़ें आ एगो फिलिम ‘दाँव’ में गीत लिखले बाड़ें. जल्दिए इनका के बिग मैजिक टीवी पर प्रसारित होखे वाला सीरियल “हम हैं बजरंगी” में देखल जाई.


(स्रोत – ईमेल से मिलल जानकारी)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts