ओम प्रकाशसिंह यादव के कला के मंजिल मिलही के रहे
-

OmprakashYadavकला सीखल सिखावल ना जाव ई त कुदरत के देन ह जवन कलाकार के वरदान के रूप में मिलेला. एही से देरे से सही बाकिर कला के आपन मंजिल मिलिए जाला.

बहुमुखी प्रतिभा के धनी बिरहा सम्राट ओम प्रकाश सिंह यादवो के आपन मंजिल मिलिए गइल आ बन गइलन गायक से नायक. बचपने से बहुमुखी कला के धनी ओमप्रकाश यादव के बिरहा सम्राट के उपाधि से नवाजल गइल. ऊ अपना के अपना गावल गीतन के वीडियो तक सीमित रखले रहलन जब ले उनका सही मौका ना मिल गइल. मन में रहे एगो अइसन फिलिम मे काम करे के जवना के पूरा परिवार देख सके. आ जब निर्देशक राम यादव से भेंट भइल त उनुका फिलिम “अहीर” में बतौर ऐक्शन हीरो काम करे के मौको मिल गइल.

साउंड स्टेशन के बैनर तले बनत एह फिलिम “अहीर” में ओमप्रकाश यादव एगो दिलेर एस पी के किरदार में बाड़ें. बनावत बाड़ी निर्मात्री दीपा यादव आ निर्देशक बाड़े राम यादव. शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरू होखी.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts