कर्नाटक में संवैधानिक संकट गहराइल
-

कांग्रेस के केन्द्र सरकार राज्यपालन के हमेशा आपन कठपुतली बना के रखलसि आ जब तब ओहिजा के गैर कांग्रेसी सरकारन के अपदस्थ भा अस्थिर करत आइल बिया. एही क्रम में अबकी कर्नाटक में हो रहल बा जहवाँ राज्यपाल एगो पार्टी के नुमाइन्दा का तरह काम कर रहल बाड़न, मुख्यमंत्रियो के उहे हाल बा, अब राज्यपाल आ मुख्यमंत्री में ठन गइल बा. आ केन्द्रीय गृह मंत्री पीचिदम्बरम राज्यपाल हंसराज भारद्वाज के समर्थन करत राज्यपाल का खिलाफ कर्नाटक बन्द के आलोचना कइले बाड़न. मुख्यमंत्री का खिलाफ जमीन आवंटन के मामिला में मुकदमा दर्ज भइल त मुख्यमंत्री इस्तीफा देबे से इन्कार कर दिहले बाड़न. दोसरा तरफ चार गो पूर्व मुख्यमंत्रियन का खिलाफ मामिला कोर्ट में दर्ज करावे के कोशिश हो रहल बा. एह में एस एम कृष्णा, बाप बेटा एच डी देवगौडा अउर एच डी कुमारस्वामी का साथे एन धरम सिंह के नाम शामिल बा.

अब दिल्ली के संसद के लड़ाई परोक्ष रुप से बेंगलुरु में लड़ल जा रहल बा. एहसे अबकियो संसद सत्र चले के संभावना पर संकट बुझात बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts