कलक्टर के जिन्दा जरावे वाला पोपट अपनहू मर गइल
-

पिछला पचीस जनवरी के महाराष्ट्र में मालेगाँव के एडीशनल कलक्टर यशवंत सोनवाने के जिन्दा जरा के मार डाले वाला पोपट शिन्दे आजु मुंबई का जे जे अस्पताल में इलाज का दौरान अपनहू मर गइल. बतावल जात बा कि जरत सोनवाने पोपट के जकड़ि लिहले रहले जवना से उहो सत्तर फीसदी जर गइल रहे आ ओकरा के गम्हीराह हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल रहे. बाकिर ओकरा मौत का बाद आम आदमी का बीचे सुगबुगाहट बा कि शायद ई एह खातिर भइल कि मामिला के पेंच ना खुले.

सोनवाने के तब जरा के मार दिहल गइल जब ऊ एगो टैंकर से तेल निकालत देख के अपना मोबाइल से ओकर वीडियो ले लिहलन आ पुलिस के बोलावत रहले. एही बीचे तेल में मिलावट करे वाला पोपट शिंदे अपना आदमियन सहित ओहिजा चहुँप गइल आ सोनवाने के ओहि टैंकर का तेल से जरा दिहलसि. बाद में अपना बयान में पोपट कहले रहे कि सोनवाने बहुते घूस माँगत रहले जतना दिहल ओकरा वश में ना रहे. ओही बतकही मे बात बढ़ गइल आ हादसा हो गइल. अब पोपट के मौत का बाद ओह मामिला के पेंच ना खुल पाई अइसन अनेसा गलत ना कहाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts