कारगिल दिवस पर राष्ट्रपति अउर प्रधानमंत्री शहीदन के श्रद्धांजलि दिहलें
-


नयी दिल्ली, 26 जुलाई (वार्ता). आजु बियफे का दिने राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद अउर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कारगिल विजय दिवस पर शहीदन के श्रद्धांजलि दिहलें.
राष्ट्रपति कोविंद अपना ट्वीट में कहलन कि ‘का‍रगिल विजय दिवस पर, हर भारतीय अपना सशस्त्र सेना के प्रयास अउर पराक्रम के सराहत बा आ कारगिल के शहीदन के परम बलिदान के नमन करत बा. हमनी का ओह लोग के परिवार के हमेशा कर्जदार रहब.’
पीएम मोदी अपना ट्वीट में लिखलन कि ‘कारगिल विजय दिवस पर राष्ट्र ओह लोगन के श्रद्धांजलि देत बा, जो लोग ऑपरेशन विजय का दौरान देश के सेवा कइल. हमनी के बहादुर सैनिक ई त. करा दिहलें कि भारत सुरक्षित रहे अउर शांति के माहौल बिगाड़े वालन के सही जबाब दिहलें.’
अपना दोसरा ट्वीट में पीएम लिखलन कि ‘ऑपरेशन विजय का दौरान अटल जी के उत्कृष्ट राजनीतिक नेतृत्व के भारत हमेशा गर्व का साथे याद राथी. उहाँ के हमनी के सशस्त्र बलन के समर्थन कइनी आ विश्व स्तर पर भारत के रूख रेघरियवनी.’

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts