कुम्भ नहाये खातिर गइल दू लोग मुअले
-

बलिया. बांसडीह रोड थाना के माधोपुर के रहेवाला 65 बरिस के कमलाकर पांण्डे आ नरहीं थाना के कोटवा नारायनपुर के अंजनी रस्तोगी सनीचर के कुभ नहाये खातिर गाड़ी में चढुए लो जेवना में कमलाकर पाण्डे डिबा में बहुत लोगन के समा गइला के कारन बेहोस हो गउअन जिनकरा के लोग अस्पताल में भरती करउवे लो बाकी उ मर गउअन। एकर खबर मिलला पर उनुका घर में कोहराम मचल बा।
अंजनी रस्तोगी के बारे में इ बतावल जाता कि उ अपना मेहरारू के साथ संगम पर नहा के आवत रहुवन बाकी रास्ता में एतना भीड़ रहुए कि ओहि में उनका दिल के दउरा पडि़ गअए आ तुरते मरि गउअन। बतावल जाता कि उ एगो किराना के दुकान अपना गांवे में चलावत रहलन ह आ उनुका एगो लइकी आ 3 गो लइका छोटे छोटे बाड़न स।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts