गाजीपुर के अनन्या राय नेशनल वालीबाल कैम्प खातिर चुनइली
-

गाजीपुर के रेवतीपुर गाँव के राजेश कुमार राय के बेटी अनन्या राय के नेशनल वालीबाल कैम्प खातिर चुनल गइल बा. कर्नाटक का दावनगिरी में चल रहल अण्डर १४ राष्ट्रीय चैम्पियन शिप में गुजरात के टीम के हरा के चैम्पियन बने वाला यूपी टीम में अनन्या शामिल रहली. अनन्या गोरखपुर स्पोर्ट्स कालेज के छात्रा हई. ५ अप्रैल से भोपाल में शुरु होखे वाला नेशनल वालीबाल कैम्प में यूपी के तीन खिलाड़ीयन के चुनल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts