गोरखपुर पूर्वांचल महोत्सव में मनोज तिवारी के नाम के बेजा इस्तेमाल
-

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के नाम के दुरुपयोग करत गोरखपुर के पूर्वांचल महोत्सव के आयोजक दर्शक लोग के दिल तूड़ दिहले. पूर्वांचल महोत्सव के आयोजक राजकुमार राय प्रचार करवले रहलन कि एह कार्यक्रम में मनोज तिवारी शामिल रहीहे. बाकिर मनोज तिवारी के प्रवक्ता शशिकांत सिंह मुंबई से जारी विज्ञप्ति में साफ तौर पर कहलन कि मनोज तिवारी मुंबई में शूटिंग करत बाड़े आ एह कार्यक्रम ला मनोज तिवारी से कबो पूछलो ना गइल रहे.

मनोज तिवारी एह आयोजक का खिलाफ कानूनी कार्रवाई करे के सोचत बाड़े आ अपील कइले बाड़न कि लोग अइसनका आयोजकन का झांसा में मत आवसु.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, तथा अरुण)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts