गोरखपुर मुंबई के बीच त्यौहार स्पेशल ट्रेन
-

आवे वाला त्यौहारन के सीजन में यात्रियन के बढल भीड देखत पश्चिम रेल प्रशासन 13 अक्टूबर से 22 नवंबर का बीच गोरखपुर आ मुंबई के बीच वाया नागदा आ रतलाम हफ्ता मे दू दिन स्पेशल ट्रेन चलाई.
ट्रेंन संख्या 05033 गोरखपुर.बांद्रा टर्मिनस द्विसाप्ताहिक स्पेशल ट्रेन 13 अक्टूम्बर से 20 नवंबर ले हर बुध आ अतवार के गोरखपुर से सबेरे सात बजे चलके अगिला दिने साँझ 17 बज के 35 मिनट पर बांद्रा टर्मिनस पहुंची. एही तरह वापसी मे ट्रेन संख्या 05034 बांद्रा गोरखपुर 15 अक्टूबर से 22 नवंबर ले हर शुक आ मंगल के सबेरे पांच बज के 10 मिनट पर बांद्रा से खुलल करी आ अगिला दिने दुपहरिया 14 बज के 40 मिनट पर गोरखपुर पहुंचल करी.
एह ट्रेन के ठहराव दुनु ओर से खलीलाबाद, बस्ती, गोडा, लखनऊ, कानपुर सेन्ट्रल, कन्नौज, फरूखाबाद, कासगंज, हाथरस सिटी, मथुरा, अचनेरा, भरतपुर, हिण्डौन सिटी, गंगापुर सिटी, सवाई माधोपुर, कोटा, रामगंजमंडी, नागदा, रतलाम, दाहोद, गोधरा, वडोदरा, भरुच, सूरत, वापी, आ बोरीवली टीसनन पर होखल करी.
एह स्पेशल में एगो थर्ड एसी, छह गो स्लीपर, आ दस गो सामान्य डिब्बा समेत कुल 17 कोच रही.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts