छात्रसंघ चुनाव में वोटिंग मशीन
-

राजनीति सीखे वाला छात्र नेता लोग के चुनाव अब असली राजनेता जइसन करावे के इंतजाम मे लागल बावे लखनऊ विश्वविद्यालय. पहिला बेर छात्र संघ चुनाव में एह मशीनन के इस्तेमाल होखे वाला बा लखनऊ विश्वविद्यालय में. पिछला पाँच साल ले लागल रोक का बाद अब लिंगदोह कमिटी का सिफारिश क आधार पर छात्र संघ चुनाव करावे के फैसला लिहले बिया राज्य सरकार. चुनाव अक्टूबर में होखे के उमेद बा.

ईवीएम के इस्तेमाल से चुनाव में होखे वाला गड़बड़ी रूकी आ मतपत्र छपवावे में होखे वाला खरच बचावल जा सकी. साथ ही रिजल्टो जल्दी दिहल जा सकी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts