छोटा राजन के गिरफ्तारी से दहशत में आइल पाकिस्तान
-

हाल ही में भारत के दबाव का चलते इण्डोनेशिया में डाॅन छोटा राजन के धरइला का बाद से पाकिस्तान दहशत में आ गइल बा. पाकिस्तान में बसेरा बनवले दाऊद के सुरक्षा कड़ा कर दीहल गइल बा आ ओकरा पर कई तरह के रोक लगा दीहल गइल बा जेहसे कि ओकर सुराग भारतीय एजेन्सियन के मत लाग पावे.
अब पाकिस्तान के मीडिया नियामक का तरफ से मीडिया के आदेश दीहल गइल बा कि रेडियो अउर टीवी पर लश्करे तइबा, जमात-उद-दावा अउर फलाहे इंसानियत समेत करीब छह दर्जन आतंकी संगठन के कवरेज मत कइल जाव. आ एहनी के धन जुटावे के कोशिश करे वाला कवनो इश्तहारो मत छापल भा देखावल जाव.
जमात उद दावा के अमरीका आ संयुक्त राष्ट्र आतंकवादी संगठन मानेला आ हाफ़िज़ सईद एकर मुखिया हवे. मुंबई हमला करावे के आरोप एही हाफिज सईद पर वावे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts