‘छोरा गंगा किनारे वाला’ फिलिम के शूटिंग हरिद्वार में शुरू भइल
-

ChoraGangaKinareWalaमाँ केला देवी फिल्म्स के बैनर तर बनत भोजपुरी फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के शूटिंग हरिद्वार में शुरू हो गइल बा. मुख्य भूमिका में प्रदीप पाण्डेय चिंटू बाड़न आ निर्देशन राजकुमार आर.पाण्डेय करत बाड़न. निर्माता हउवन धीरेन्द्र चौबे.

एह फिलिम में बतौर खलनायक संजय पाण्डेय, रवि पाण्डेय, अउर बृजेश त्रिपाठी बाड़े. साथही सोनाली जोशी, के॰के॰ गोस्वामी, सीमा सिंह, प्रिया पाण्डेय वगैरह महत्वपूर्ण कलाकार बाड़ें. एगो खास आयटम सांग में विनय आनंद आ रिंकू घोष फिलिम के रौनक बढ़इहें. सुने में आवत बा कि एगो अउर आइटम सांग संभावना सेठ करीहें.

‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के आधा शूटिंग मुंबई में भइल बा आ बाकी के शूटिंग हरिद्वार में होखत बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts